|

धनतेरस में राजा बना द ए माई

  • Dhanteras Mein Raja Bana Da Ai Maai

पूछअ तानी तोहरा से अतने ये लक्ष्मी मईया,
कब तले रही बोलअ दुखबा के समइया,

नजर फेरअ माई
पूछअ तानी तोहरा से अतने ए लक्ष्मी मईया,
कब तले रही बोलअ दुखबा के समइया,
धनतेरस में एतना धन बरसा द ए माई,
आइल बानी दरबाजा राजा बना द ए माई,
करअ ना देर कुबेर के मति घुमा द ए माई,
बेटा आइल दरबाजा राजा बना द ए माई।

और इस भजन को भी देखें: हो रही धन की वर्षा देखो जी धनतेरस आई है

आशीष दे द सुनर कि चढ़ी फॉर्चूनर,
चढ़ावे आइल बानी ए माई तोके चुनर,

ढ़ेर दिन से सहिला परेशानी माई,
हमर जिनगी के बदलीं कहानी माई,
सुतल बाटे भगिया तनि जगा द ए माई,
धनतेरस में एतना धन बरसा द ए माई,
करअ ना देर कुबेर के मति घुमा द ए माई,
बेटा आइल दरबाजा राजा बना द ए माई।

कि एसो के दिवाली लिया द खुशहाली,
रहअ ता जेब खाली ए माई कमलवाली,
हाथ जोड़ कहेली शुभदयाल ए माई,
छोटू रंजीत के कर द मालामाल ए माई,
सूरज जइसन हमरो के चमका द ए माई,
आइल बानी दरबाजा राजा बना द ए माई,
करअ ना देर कुबेर के मति घुमा द ए माई,
बेटा आइल दरबाजा राजा बना द ए माई।


मिलते-जुलते भजन...